देश विदेश

अमेरिकाके पेन्सलभानियामे हरेक सालके तरह महापर्व छठ मनावल जाईं

शेयर गर्नुहोस्

कार्तिक १४ अमेरिका –
महापर्व छठ अब क्षेत्रीय भा राष्ट्रिय मात्रे ना रहके अन्तर्राष्ट्रिय पर्व भि होगइल बा । मध्यदेशीय समाज संसारके कवनो ठावमे जाव लेकिन उ अपन धर्म, भाषा, कला र सँस्कृति संरक्षण आ संवर्द्धन करत रहेला । उ कभी भोर ना पाराला । साथे आपना बालबाच्चा के ज़रिए से एसे जोड़े के कोशिश करत रहेला ।एकरे के क़ायम रखइत जे जहां रहो उहे आपन भाषा , आपन मातृभूमि, पहिचान, धर्म–संस्कृति , पर्व त्योहार ना भुलाके बाडावा देत रहो । संरक्षण , प्रवर्द्धन करत रहो , आ भावी पुस्ता के भि सिखावत रहो उद्देश्य के साथ साथ आपन सब जान पहचान के मित्र , हित कुटुम्ब से मुलाक़ात होखो कहके अमेरिकाके पेन्सलभानिया राज्यके अगलबगल मे रहल मधेशी सब मिलके हरेक हरेक साल जइसन ए साल भि बड़ा धूमधाम का साथ महापर्व छठ मना रहल बा ।
अमेरिका स्थित मधेशी अगुवा एवम् समाजसेवी अरविन्द सिंह के अनुसार महापर्व छठके महिमा अपरम्पार बा।एमे एगो अपनेआप अलग किसिम के शक्ति मिलेला आ दोसर हमनी के समाजे अइसन बा कि हमनी जहाँ रही हमनी से अपन संस्कार, भाषा , रितिरिवाज , पर्व त्योहार ना छुटेला । हमनी आपना आपना तरीक़ा बढाबते रहेनी सब ।ओइसे त कार्तिक महिना हि पुरा पर्व त्वहारके महिना होला । ए पुरा महिना आदमी सकाहारी रहेला । देखल जाला कि दशै बितिते हमनी के मनमे एगो दोसरे किसिम के उत्साह, उमंग आ उर्जा आजाले ।उ ह महापर्व छठके । ओहिसे हमनी सब लोग मिलके ६-७ पहिले वर्ष पहिले आपन संस्कृति, संस्कार जगेर्ना आपना भावी पुस्ता के सिखावे के उदेश्यसे छठके शुरूवात कइनी जेकर निरन्तरता हमनी देत रहेनी ।
अब धिरे धिरे हमनी के संख्या में बढ़ोतरी का चलते लोग आपना शुविधा अनुसार कुछ आउर जगह मनारहल बा । इ ख़ुशी के बात बा । सब जगह होखो आ होखेके भि चाही।
आयोजक सुभाष कुमार बैठाके अनुसार साथी सबके सहयोग आ उत्साह देखके अइसन काम सबमें आउर मन लागेला आ उत्साह भि बढेला । ए में बाच्चा सबके मनोरंजन के साथ साथ आपना माटी प्रती के लगाव देख के आउर उर्जा मिलेला । अइसने सब दिन मेित्र लोग के सहयोग रही त ए चिझ के निरन्तरता भविष्य में सब दिन रहले रही ।आशा बा साथी लोग हरदम सहयोग करत रही । हरेक साल के तरह ए साल नवम्बर २ शनिचर के दिन साँझ (सझिया घाट ) आ नवम्बर ३ एतवार के सबेरे (भोरवा घाट ), 406 Windsor cir , exton pa 19341 पता पर हमनी महापर्व छठ मनावे जा रहल बानी । एमे मुख्यतः पेन्सलभानिया, न्यूयार्क, न्यूजर्सी , अल्बानी के लोग के व्यापक सहभागिता रही ।

शेयर गर्नुहोस्

Samim Desk

समिम मियाँ, लामो समय देखि साइप्रसका विभिन्न गतिविधि बारे अपडेट गर्दै आइरहनु भएको छ।